अतरंगी फिलिमन के अतरंगी अभिनेता – रवि किशन

भोजपुरी फिलिमन के अमिताभ बच्चन कहाये वाला अभिनेता रवि किशन आजुकाल्हु हिंदी फिलिमन में बहुते व्यस्त बाड़े. मजा के बात त ई बा कि उनुका हिंदी फिलिमन के नाम आम फिलिमन का तरह के नइखे. रवि किशन एह घरी निर्देशक ह्रदय शेट्टी के फिल्म चालीस चौरासी का शूटिंग में व्यस्त बाड़े. एहमें नसीरुद्दीन शाह, के.के.मेनन, अतुल कुलकर्णी आ रवि किशन के मुख्य किरदार बा.

एहसे पहिले रवि किशन हाल ही में तनु वेड्स मनु के निर्माता बिनोद बच्चन का फिल्म जिला गाज़ियावाद के शूटिंग कइले. एह फिल्म में संजय दत्त, विवेक ओबेराय, आ अरसद वारसी का साथ रवि किशन के मुख्य भूमिका बा.

एकरा अलावा एही महीना रवि किशन के फिलिम “चितकबरे” रिलीज़ होखे जा रहल बा, रवि किशन के कहना बा कि “चितकबरे” में उनुकर भूमिका अबले के उनुकर बढ़िया भूमिकन में से एगो बावे. “चितकबरे” का बाद उनुकर “मोहल्ला ८०” बॉक्स ऑफिस पर दस्तक दी. चन्द्र प्रकाश द्विवेदी के एह फिल्म में ऊ सन्नी देओल का साथे नज़र अइहे. प्रसिद्ध उपन्यासकार डॉ. काशी नाथ सिंह के उपन्यास पर बनल एह फिलिम में रविकिशन बनारस के फक्कड़ आ बातूनी युवक कन्नी गुरु का भूमिका में बाड़े. रवि किशन के अगिला फिलिम होखी “अज़ान” जवन विदेशी जमीन पर आधारित बा. एकरा अलावे हाल ही में रविकिशन सैफ अली खान के होम प्रोडक्शन फिल्म “एजेंट विनोद” के शूटिंग करवले, दोसर फिलिम जवनन के नाम अतरंगी, माने कि आम नाम से फरका, नइखे ओहनी में शामिल बा इसक्क, लूट, आ दू गो दोसर फिलिम जवनन के शूटिंग जल्दिये शुरू होखे वाला बा,

रवि किशन कहेले कि हर फिल्म में उनुकर किरदार अलगे आ मजबूत बा. बहरहाल, लक, रावण, ना घर के ना घाट के में अपना अभिनय क्षमता से फिल्म समीक्षकन आ दर्शकनो के अपना ओर खींच ले आवे वाला रवि किशन के बादशाहत भोजपुरी फिलिमन में त बरकरार बड़ले बा, बड़को बैनर वाली फिलिमन के बड़हन कतार बा उनुका आगे.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।