अदाकारा डाल्फिन का साथे भउजियन के मस्ती

महुआ टीवी पर देखावल जा रहल रियलिटी शो भौजी न॰ १ में एह हफ्ता भोजपुरी सिनेमा आ टीवी के मशहूर अदाकारा डाल्फिन अतिथि जज का भूमिका में आइल बाड़ी. डाल्फिन कई गो भोजपुरी फिल्म जइसे कि बिदाई, हम बाहुबली, हो गइनी दिवाना तोहरा प्यार में, माटी के सौगन्ध में काम कर चुकल बाड़ी. मंच पर ऊ पूरा मस्ती में नजर अइली आ अपना ठुमका से ले के शरारती अन्दाज का साथे भउजियन का साथे धमाल मचवले बाड़ी.

एह हफ्ता जवन चार गो भउजाई आइल बाड़ी ओह लोग के नाम बा सोबिया कौर, रीता राय, अनिता तिवारी, आ अंबिका यादव. सोविया के झूम के नाचल, अनिता के बेबाक जबाब, रीता के तेज दिमाग, आ अंबिका के मधुर आवाज आ अपना अपना देवरन का साथे कामेडी से भरल केमिस्ट्री सभकर दिल जीत के राख दिहलस. देखे लायक रही कि एहमें से के जीतत बा एह हफ्ता के एक्टिव ह्वील भउजी के खिताब.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।