अनिल सम्राट गोली चलवले

निर्माता से अभिनेता बनल आ नेता बने के चाह राखे वाला अनिल सम्राट पिछला दिने गलत कारण से खबरन में रहले. अनिल सम्राट कई साल ले लालू प्रसाद के पार्टी में रहले आ शराब के बिजनेस चलत रहे उनुकर आरा में. पता ना अब चलत बा कि ना. पिछला दिने अनिल सम्राट कृष्ण कुमार गुप्ता के कृष्णा आडियो विजन स्टूडीयो में जा के उनुकर अता पता जानल चहले त कर्मचारी सब ना बतवले. त अनिल सम्राट ओकनी के डेरावे धमाकावे खातिर अपना पिस्तौल से गोली चला दिहलन. गोली से केहू घवाहिल ना भइल बाकिर कर्मचारी गुप्ता के खबर दिहले आ गुप्ता पुलिस के. एह बीच अनिल सम्राट ओहिजा से जा चुकल रहलन बाकिर पुलिस उनका के पूछताछ खातिर ले आइल आ गैरकानूनी असलहा रखे आ हत्या करे के कोशिश में बन्द कर लिहलसि.

बतावल जात बा कि अनिल सम्राट कृष्णकुमार गुप्ता के कुछ करजा दिहले रहले जवना के वापसी नइखे हो पाइल आ गुप्ता टालमटोल करत बाड़े. आ ओहि तगादा का फेर में मंगल का रात साढ़े दस बजे ई घटना हो गइल. अनिल सम्राट का बारे में कवनो आपराधिक इतिहास के खबर नइखे आ पिछला विधान सभा चुनाव में ऊ अपना क्षेत्र से निर्दलीय लड़ल रहले आ बारह सौ वोट से हार गइल रहले.


(स्रोत – संमाचार माध्यम से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।