अनुभव मोशन पिक्चर्स के फिलिम के लाँचिंग

दूरदर्शन ला अनेके टेलीफिल्म्स बना चुकल अनुभव मोशन पिक्चर्स पिछला दिने आपन पहिला भोजपुरी फिलिम के मुहूर्त धूमधाम से मुंबई के लोखंडवाला के एम4यू स्टूडियो में गायक विनोद राठौड के आवाज़ में गाना रिकार्ड करा के कइलसि. दूरदर्शन खातिर कोहरा, कुंवारे हैं हम, बिखरता परिवार, विशवासघात, कुदरत की आवाज़ समेत अनेके टेलीफिल्म्स आ धारावाहिक बना चुकल आ लखनऊ के भवन निर्माता नीरज यादव एह फिलिम के निर्माता हउवें. निर्देशन करत बाड़ें भोजपुरी के एकमात्र राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता निर्देशक आनंद डी. गहतराज.

निर्माता नीरज यादव आ निर्देशक आनंद गहतराज के कहना बा कि ई फिलिम महिला प्रधान होखी आ उत्तर प्रदेश अउर बिहार के भठियारा राजनीति पर बनावल जाई. शूटिंग अगिला महीना शुरू करे के बात बतावल लोग. फिलिम के केंद्रीय भूमिका में भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री अक्षरा सिंह बाड़ी आ भठियारा नेता बनीहें खुद नीरज यादव. गीत संगीत एस. कुमार के रही, लेखक हउवें मनोज पाण्डे, कैमरा मैन एन. पटेल आ एक्शनमास्टर जीतू सिंह बाड़ें. बाकी कलाकारन के चुने के काम चलत बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..