अनुसुईया के बिआह १४ अक्टूबर के हो रहल बा

महुआ टी॰वी॰ के लोकप्रिय धारावाहिक भाग ना बाँचे कोई में बहुते इन्तजार का बाद शहनाई बाजे के घड़ी आ गइल बा. धारावाहिक के नायिका अनुसुईया के शादी तय हो गइल बा आ १४ अक्टूबर का दिने पारम्परिक विधिविधान से मंगल गान का बीचे ओकर बिआह हो जाई. महुआ परिवार एह शादी के यादगार मौका बनावे में कवनो कोर कसर छोड़ल नइखे चाहत. अनुसुईया के घर बहुते ढंग से सजावल गइल बा आ महँग सेट लगावल गइल बा. एह शादी के न्योता भोजपुरी सिनेमा के सितारा कई दिन से दे रहल बाड़े. सभे से निहोरा बा कि एह शादी में जरुर शामिल होखीं सभे. मौका पर आशीर्वाद देबे खातिर रविकिशन, मनोज तिवारी मृदुल, कल्पना, आ मालिनी अवस्थी सभे मौजूद रही.

सोमार से बियफे रोज साँझ साढ़े सात बजे से देखावल जा रहल एह धारावाहिक में अनुसुईया के शादी बहुते धूम धाम से मनावल जाई. १२ के तिलक आ १३ के मटकोर वगैरह रस्म मनावल जा चुकल बा. अब १४ अक्टूबर के होखे वाली शादी के एह शो के टर्निंग प्वांयट बतावल जा रहल बा. शादी हरिहर बाबू के बेटा बाँके लाल से हो रहल बा. शादी से अनुसुईया के जिनिगी एगो मोड़ ले रहल बिया जवना से पूरा परिवार बसियो सकेला आ उजड़ियो सकेला. आखिर भाग ना बाँचे कोई ! त चलीं बिआह में शामिल होखे के तइयारी कर लिहल जाव.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।