अन्ना के समर्थन में भोजपुरियन के रैली

भोजपुरी फिल्म जगत के लोगो अन्ना हजारे के पुरजोर समर्थन कइले बा. अतवार का दिने उनुका समर्थन में एगो रैली निकालल गइल. मुंबई का आदर्श नगर अँधेरी में आयोजित एह रैली का बारे में उदय भगत बतवले कि एह रैली में राजकुमार पाण्डेय, जगदीश शर्मा, हैरी फर्नांडिस, पंकज केसरी, मनोज पाण्डेय, ब्रिजेश त्रिपाठी, दीपक दुबे, संजय पाण्डे, जय सिंह, गोपाल राय, मनोज द्विवेदी, सुनील बिहारी, हरिशरण, स्वाति वर्मा, पुष्पा वर्मा, साहिला चड्ढा, पप्पू खन्ना, कानु मुखर्जी, राजेश-रजनीश, सिद्धार्थ श्रीवास्तव समेत दर्ज़नो लोग मौजूद रहल. मुंबई में पहिला बेर मी अन्ना भा मैं अन्ना हूँ का जगहा “हम हईं अन्ना” टोपी पहिरले दर्ज़नो लोग आदर्श नगर से लोखंडवाला पार्क तक जुलुस बना के गइल आ सरकार विरोधी नारा लगावल.


(स्रोत ‍- उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..