अन्ना हजारे अनशन करे के जगहा आ अनुमति लिहले बिना जेल ना छोड़िहे.

नई दिल्ली, 17 अगस्त (आईएएनएस)। भ्रष्टाचार का खिलाफ सख्त लोकपाल विधेयक खातिर आन्दोलन करत अन्ना हजारे तबले तिहाड़ जेल परिसर से बहरी ना निकलिहे जबले उनुका के अनशन करे वाला जगह आ अनुमति नइखे दे दिहल जात.

अन्ना हजारे के टीम के सदस्य प्रशांत भूषण के कहना बा कि , “जे. पी. पार्क भा दोसरा कवनो सार्वजनिक जगहा पर अनशन के बिना शर्त अनुमति मिलला ले अन्ना तिहाड़ जेल में अनशन जारी रखीहे. जब सरकार हमनी के अइसन करे के अनुमति दे दी तबहिये ऊ तिहाड़ से बाहर अइहे आ बतावल जगहा पर अनशन करीहे.

भूषण इहो कहलन कि अन्ना के टीम सरकार से कवनो चरचा करे के तइयार बिया बाकिर एहसे पहिले अनशन करे के बिना शर्त अनुमति देबे के होई.

भूषण कहले, “देश भर से अन्ना के जबरदस्त समर्थन मिलल बा. हमनी के विरोध प्रदर्शन अब खाली लोकपाल विधेयके तक नइखे रहि गइल. आ अब ई देश में असली लोकतंत्र ले आवे के आंदोलन बन गइल बा, हमनी का चाहत बानी जा कि देश के लोग नीति बनावे में सक्रिय भूमिका निभावें.”

अन्ना हजारे के टीम आजु बुध का दिने साँझ चार बजे से इंडिया गेट से संसद भवन तक रैली करे के गोहार लगवले बिया.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।