अन्ना हजारे आ उनुकर टीम के गिरफ्तार कर लिहल गइल

आजाद देश में भ्रष्टाचार के खिलाफ आन्दोलन से परेशान केन्द्र सरकार आजु सबेरे अन्ना हजारे, अरविन्द केजरीवाल, किरण बेदी, मनोज सिसोदिया समेत कई लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. गिरफ्तारी से पहिलही अन्ना हजारे आपन संदेश रिकार्ड करवा के मीडिया के दे चुकल रहले जवना में लोग से अपील कइल गइल बा कि आन्दोलन थमे के ना चाही आ अतना गिरफ्तारी दिहल जाव कि देश का कवनो जेल में जगह ना बाच जाव.

सरकार भा कंग्रेस का तरफ से कवनो बयान अबही ले नइखे आइल बाकिर हलचल से लागत बा कि सरकार आ कांग्रेस का भीतर बेचैनी बढ़ल जात बा. सोचले रहे लोग कि अन्ना आ उनुका टीम का गिरफ्तारी का बाद ई आन्दोलन रुक जाई बाकिर पूरा देश से जइसन खबर आ रहल बा आ जवना तरह से मीडिया एह बात के कवर कर रहल बा तवना से इहे लागत बा कि केन्द्र सरकार आ कांग्रेस के फजीहत बढ़े वाला बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..