अन्ना हजारे आ उनुकर टीम के गिरफ्तार कर लिहल गइल

आजाद देश में भ्रष्टाचार के खिलाफ आन्दोलन से परेशान केन्द्र सरकार आजु सबेरे अन्ना हजारे, अरविन्द केजरीवाल, किरण बेदी, मनोज सिसोदिया समेत कई लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. गिरफ्तारी से पहिलही अन्ना हजारे आपन संदेश रिकार्ड करवा के मीडिया के दे चुकल रहले जवना में लोग से अपील कइल गइल बा कि आन्दोलन थमे के ना चाही आ अतना गिरफ्तारी दिहल जाव कि देश का कवनो जेल में जगह ना बाच जाव.

सरकार भा कंग्रेस का तरफ से कवनो बयान अबही ले नइखे आइल बाकिर हलचल से लागत बा कि सरकार आ कांग्रेस का भीतर बेचैनी बढ़ल जात बा. सोचले रहे लोग कि अन्ना आ उनुका टीम का गिरफ्तारी का बाद ई आन्दोलन रुक जाई बाकिर पूरा देश से जइसन खबर आ रहल बा आ जवना तरह से मीडिया एह बात के कवर कर रहल बा तवना से इहे लागत बा कि केन्द्र सरकार आ कांग्रेस के फजीहत बढ़े वाला बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।