अन्ना हजारे के रामलीला मैदान में अनशन करे के अनुमति

आजु दुपहर दू बजे का आसपास अन्ना हजारे तिहाड़ जेल से निकलिहे आ राजघाट गइला का बाद रामलीला मैदान चहुँपिहे जहाँ उनुकर अनशन आगे जारी रही. पुलिस अबही पन्द्रह दिन के अनशन के अनुमति दिहले बिया बाकिर एकरा के अउरी बढ़ावल जा सकेला.

एह बीच रामलीला मैदान में सुरक्षा के इन्तजाम कइल जा रहल बा. मेट्रोपोलिटन काउन्सिल के कर्मचारी रामलीला मैदान के जेसीबी मशीन से सफाई करे में लागल बाड़े आ कहल जात बा कि दुपहरिया ले मैदान ठीक कर दिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..