अपना कुर्ता के दाग छिपावे खातिर दोसरा के मैल देखावल जात बा

कांग्रेस पार्टी भ्रष्टाचार का आरोपन में अइसन घेराइल बिया कि ओकरा से सफाई दिहल नइखे बनत. एहसे पार्टी नया तरीका अख्तियार कइले बिया आ मुख्य विपक्षी दल पर तरह तरह के आरोप लगावत बिया जवना से भाजपा के घेरल जा सके. नया आरोप लगावल गइल बा कि नीरा राडिया के लालकृष्ण आडवाणीओ से नजदीकी रहे आ ऊ नीरा के ट्रस्ट पर बने वाला एगो संस्थान के शिलान्यास कइले रहलें. बाद में पता चलल कि ऊ जमीन नीरा के ना बलुक पेजावर स्वामी के ट्रस्ट के ह आ नरसिंहा राव का जमाना में दिहल गइल रहे. भाजपा नेता रविशंकर प्रसाद के कहना बा कि कांग्रेस एह तरह के बचकानी हरकत से देशवासियन के ध्यान दोसरा तरफ हटावल चाहत बिया. कहलन कि अगर विपक्ष के दबाव ना रहीत त कांग्रेस ना त ए राजा के हटाइत ना कलमाडी के. आ कवनो छापो ना पड़ल रहीत. कहलन पता ना कांग्रेस जेपीसी से काहे भागत बिया जबकि ओह जेपीसी के अध्यक्ष कवनो कांग्रेसिये बने वाला बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..