अपना कुर्ता के दाग छिपावे खातिर दोसरा के मैल देखावल जात बा

कांग्रेस पार्टी भ्रष्टाचार का आरोपन में अइसन घेराइल बिया कि ओकरा से सफाई दिहल नइखे बनत. एहसे पार्टी नया तरीका अख्तियार कइले बिया आ मुख्य विपक्षी दल पर तरह तरह के आरोप लगावत बिया जवना से भाजपा के घेरल जा सके. नया आरोप लगावल गइल बा कि नीरा राडिया के लालकृष्ण आडवाणीओ से नजदीकी रहे आ ऊ नीरा के ट्रस्ट पर बने वाला एगो संस्थान के शिलान्यास कइले रहलें. बाद में पता चलल कि ऊ जमीन नीरा के ना बलुक पेजावर स्वामी के ट्रस्ट के ह आ नरसिंहा राव का जमाना में दिहल गइल रहे. भाजपा नेता रविशंकर प्रसाद के कहना बा कि कांग्रेस एह तरह के बचकानी हरकत से देशवासियन के ध्यान दोसरा तरफ हटावल चाहत बिया. कहलन कि अगर विपक्ष के दबाव ना रहीत त कांग्रेस ना त ए राजा के हटाइत ना कलमाडी के. आ कवनो छापो ना पड़ल रहीत. कहलन पता ना कांग्रेस जेपीसी से काहे भागत बिया जबकि ओह जेपीसी के अध्यक्ष कवनो कांग्रेसिये बने वाला बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।