अपना खलनायकी से दर्शकन का दिल पर राज करत बिपिन सिंह

BipinSingh-CharnoKiSaugandhअनेका सफल भोजपुरी फिलिमन में अपना खल भूमिका से चर्चित अभिनेता बिपिन सिंह अब पूरा से खलनायिकीए ला समर्पित हो गइल बाड़न. बतौर खलनायक बिपिन सिंह हाल ही में “चरणों की सौगंध” आ “जय माँ मैहर वाली” पूरवलें आ “बेनाम बादशाह”, “ठोक देब”, अउर “महारानी” साइन कइले बाड़न.

पिछला साल के चर्चित आ सफल फिलिम “फूल बनल अंगार” अउर “कालिया” से खलनायिकी के परदा पर उभर के आइल बिपिन सिंह अब भोजपुरी के सगरी बड़का निर्माता-निर्देशकन संगे काम करत बाड़ें. मकसद बस एके बा कि अपना खलनायिकी से दर्शकन का दिल पर राज करसु.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।