अपना खलनायकी से दर्शकन के दिल जीते के भरोसा बा बिपिन सिंह के

अनेके सफल भोजपुरी फिलिमन में अपना खल भूमिका से चर्चित अभिनेता विपीन सिंह अब पूरा तरह से खलनायिकीए करे ला समर्पित हो गइल बाड़ें. बिपिन सिहं के आवे वाली फिलिमन में कालिया, भाई जी, विजय तिलक, मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी, लागल बा प्यार के बुखार वगैरह फिलिम शामिल बाड़ी सँ. कालिया में इंस्पेक्टर माधव पाण्डेय, आ भाईजी में शूटर पुजारी के जोरदार भूमिका कइले बाड़ें बिपिन सिहं.

पर साल के चर्चित हिट फिलिम “फूल बनल अंगार” से खलनायिकी में चमकल बिपिन सिंह आजु भोजपुरी के सगरी निर्माता-निर्देशकन साथे काम करत बाड़ें. बिपिन के कहना बा कि ऊ अपना खलनायिकीए से दर्शकन के दिल पर राज करीहें.


(भोजवुड न्यूज के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।