अपना टेकनीशियन के टीम के आपन ताकत मानेलें जीतेश दूबे
अपना मीठ बोली आ मनमोह लेबे वाला शैली खातिर मशहूर जीतेश दूबे भोजपुरी के अइसनका पहिलका निर्माता बन गइल बाड़े जेकर तीन गो फिल्म एके साल में फ्लोर पर आइल होखे. भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी का साथे यादव पान भण्डार, आ सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन का साथे मार देब गोली केहू ना बोली पहिले से फ्लोर पर बा आ तीसरकी फिल्म महायुद्ध जल्दिये फ्लोर पर आ रहल बा. भोजपुरी के धमाकेदार फिल्म धर्मवीर, मुन्नीबाई नौटंकीवाली, आ बृजवा के निर्माता जीतेश दूबे के भोजपुरी के मूवी मुगल मानल जाला आ उनका कंपनी श्रीकृष्णा क्रिएशंस के नम्बर वन कंपनी.
एके साल में तीन गो फिल्म फ्लोर पर अइला के अपना मेहनत के फल बतलावत जीतेश दूबे कहलें कि उनकर सौभाग्य बा कि भोजपुरी के टॉपक्लास टेकनीशियन उनका कंपनी श्रीकृष्णा क्रिएशंस का साथे शुरुवे से जुड़ल बाड़े. भोजपुरी के अधिकतर निर्माता एगो फिल्म बना के गरे बइठ जालें जबकि जीतेश दूबे साले साल रिकार्डतोड़ फिल्म बनावत जात बाड़े. एह साल ऊ तीन गो फिल्म बना रहल बाड़न आ दू गो फिल्म, तू ही मोर बालमा, आ, साँवरिया आई लव यू, के प्रस्तुत कर रहल बाड़न. अपना एह सफलता के कारण बतलावत जीतेश दूबे कहलें कि उनकर कंपनी एगो परिवार ह, आ एकाध गो सदस्य भलही अंतुष्ट होखस बेसी लोग एगो  परिवार का तरह मिल जुल के काम करेला. उनकर हमेशा कोशिश रहेला कि हर नया फिल्म उनका पुरनका फिल्म से बीस साबित होखो.
भोजपुरी के तीनो सितारा का बारे में जीतेश कहलें कि मनोज तिवारी का साथ काम करे के ढेर दिन पुरान साध रहे जवन यादव पान भण्डार से पूरा हो रहल बा. कहलन कि मनोज तिवारी कमाल के कलाकार आ मीठबोलिया हउवन. उनका साथे काम करे में आनन्द आइल. रविकिशन का साथे पहिले धर्मवीर बनवलें आ अब मार देब गोली केहू ना बोली बना रहल बाड़े. रविकिशन. मनोज तिवारी आ विनय आनन्द हमेशा हँसमुख रहेला लोग आ सामने वाला के हँसावत राखेला. दिनेशलाल यादव निरहुआ आ पवन सिंह का बारे में बतलावत कहलें कि पवन के त साइनो कर चुकल बाड़न आ दिनेशलाल यादव का साथ एगो फिल्म के प्लान बन रहल बा. बातचीत चल रहल बा.
जीतेश दूबे का फिल्म में निर्देशक फिल्म का कथानक का आधार पर चुनालें. जगदीश शर्मा मार देब गोली…. के निर्देशन का बाद जीतेश के नयका फिल्म महायुद्ध के निर्देशित करे जा रहल बाड़े. असलम शेख धर्मवीर निर्देशित कइले रहलें आ जल्दिये उनकर एगो अउरी फिल्म के निर्देशित करीहें.
जीतेश दुबे के इहो कोशिश रहेला कि भोजपुरी सिनेमा के नया नया कलाकार दिहल जाव. एह क्रम में उनकर खोज दीपक दूबे आ गुंजन पंत के नाम लिहल जा सकेला. जीतेश के कहनाम बा कि जल्दिये ई दुनु लोग भोजपुरी के टॉप कलाकारन में गिनल जाई. आगहू ऊ नया नया कलाकार पेश करे के योजना बा.
(स्रोत : शशिकान्त सिंह.)

0 Comments

Submit a Comment