अपना बात से पलटी मारे के पड़ल एंटोनी के

पाकिस्तान का पक्ष में बयान दे के देश भर में थू थू के सामना करत रक्षामंत्री ए के एंटोनी आजु संसद में फेर बयान दे के कहलन कि एह हमला में पाकिस्तानी सेने के हाथ रहल. एंटोनी पहिले कहले रहलें कि एह हमला में कुछ लोग पाकिस्तानी सेना के वरदी में रहल आ एह बयान के जतना तीत आलोचना सगरी देश में होखे लागल ओहसे कांग्रेसो असहज हो गइल आ हार थाक के एंटोनी के आपन बयान बदले के पड़ गइल. बाकिर अपना गलतबयानी ला एंटोनी अबहियों माफी नइखन मँगले देश से.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।