अपना मजबूत इरादन का बले मंज़िल तक चहुँपिहें राहुल मौर्या

उत्तर प्रदेश के वाराणसी से जुड़ल नवोदित अभिनेता राहुल मौर्या आपन अभिनय क्षमता देखावे ला बेचैन बाड़न. उनकर मनसा बा कि अपना मजबूत इरादा से मंज़िल छू लेसु. पचासन एलबम बना चुकल राहुल एगो म्यूज़िक कंपनी “म्यूज़िक मस्ती” के मालिको हउवन. ई कंपनी अनेके एलबम निकाल चुकल बिया जवना में “सैया हो जाईब तोहार, मिसाइल लागऽतिया, इनका चक्कर मे, छठी मईया, होली मे हू ला ला, डॉक्टरवा मूवना, जलेबी बाई, दर्शन दिखा जा माई” आ अउरिओ अनेके एलबम शामिल बा.

राहुल आजु काल्हु अभिनय, नृत्य, आ स्टंट सीखे में बहुते मेहनत करत बाड़ें. अभिनय के ट्रनिंग ऊ अपना “वसीम सर” से लेत बाड़ें आ नृत्य का मामिला में कानू मुखर्जी के अपना दिल से गुरु मानेलें. राहुल के एगो फिलिम के शूटिंग होखत बा. फिलिम के अबहीं नाम नइखे धराइल.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..