सिनेमा भोजपुरी के विलेन बिपिन सिंह दू गो फिलिम साइन कइलें
-

सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल विलेन बिपिन सिंह आजु काल्हु बहुते उत्साहित बाड़न. बिपिन सिंह अबही हाल ही में दू गो फिलिम साइन कइले बाड़न “राजनीति के योद्धा” आ “दिल हो गइल कुर्बान”. बिपिन सिंह के “साईं मोरे बाबा” आ “विजय तिलक” जल्दिए रउरा सोझा आई.

पिछला दिने रिलीज फिलिम “कालिया” में बिपिन के अभिनय के खूब सराहल जात बा. विलेन के रूप में आपन पहचान बना चुकल बिपिन सिंह के कहना ह कि “अभिनय से अभिनेता अपना मन के सोच आ भावना निकाल के दर्शकन का सोझा फिलिम का परदा पर राख देला. अगर अभिनय सही से परोसा जाव त बूझ लीं कि जन्नत मिल गइल”. अपना एही लगनशीलता क चलते बिपिन सिंह कई गो फिलिमन में लागल बाड़ें.


(भोजवुडन्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts