अपराधी गिरोहन के बीच गोलीबारी से दू गो के मौत

सारण जिला के सोनपुर इलाका के छित्तरचक दियारा मे बियफे के देर रात दू गो अपराधी गिरोह अपने में भिड़ गइले. दुनु का बीच भइल गोलीबारी से दू गो अपराधियन के मौत हो गइल.
पुलिस के कहना बा कि छित्तरचक दियारा मे बालू ठेकेदारन से रंगदारी वसूली ले के दू गो गिरोहन में पहिले से विवाद रहुवे. एही विवाद में बियफे का रात मंटू गोप आ झुलन राय गिरोह का बीच मारपीट आ गोलीबारी भइल जवना से दू जने के मौत हो गइल.
मरेवालन में डेरनीचक गांव के चालीस साल के मनोज राय आ छित्तरचक दियारा के बत्तीस साल के रंजीत राय के नाम बा. एह दुनु के पुलिस अनेके अपराधन ला खोजतो रहुवे. अब एहनी के लाश मिलल जवना के आज सबेरे पोस्टमार्टम ला छपरा सदर अस्पताल भेज दिआइल. (वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।