अपराधी संजय दत्त के एगो दोसरा मामिला में जमानत मिलल

फिलिम अभिनेता आ नाजायज असलहा राखे खातिर सु्प्रीमो कोर्ट से पाँच साल के सजा सुन चुकल संजय दत्त के एगो दोसर मामिला में मुंबई के एगो अदालत से जमानत मिल गइल. फिलिम निर्माता शकील नूरानी के धमकावे का मामिला में सुनवाई का दिने हाजिर ना होखला का चलते संजय दत्त का खिलाफ वारंट जारी हो गइल रहे. वारंट जारी भइला का बाद संजय दत्त अदालत में हाजिर हो के जमानत के गोहार लगवलें.

नूरानी संजय दत्त का खिलाफ मुकदमा कइले बाड़ें कि एगो फिलिम में काम करे खातिर पचास लाख रुपिया लिहला का बादो काम ना कइलें. ओही मुकदमा के वापिस लेबे खातिर संजय दत्त का तरफ से धमकी मिलला के शिकायत पर संजय के जमानत लेबे के पड़ल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।