अपूर्वा आ दिनेशलाल यादव एक साथ

बहुते कम समय में सफलता के शिखर छुवे वाली बंगाली बाला अपूर्वा भोजपुरी फिल्म जगत में अपना शुरुआती आठे दस महीना में भोजपुरी के बहुते बड़हन सितारन का साथे काम कर चुकल बाड़ी. अब हाल ही में अपूर्वा भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ संगे एगो फिलिम के शूटिंग कर के लवटल बाड़ी.

अपूर्वा एह से पहिले विनय आनंद संग “खूनी दंगल”, खेसारी लाल यादव संग “हवा में उड़ता जाए तोर लाल दुपट्टा मल मल के”, एक्शन किंग मनोज पाण्डेय संग “खोईछा”, सुदीप पाण्डेय संग “मंगल फेरा” कर चुकल बाड़ी.

अपूर्वा बहुते मजबूती से कहेली कि अबही त शुरूआत भइल बा, सफर त अबही बाकी बा. अबही बहुते कुछ करे के बा. कहेली कि उहे सपना देखल पसंद करेली जवना के हासिल कर सकस. अपूर्वा आपन जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम खूनी दंगल आ मगल फेरा से बहुते उत्साहित बाड़ी आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी के तहे दिल से धन्यवाद देबेली जे उनुका के एगो बड़हन मौका दिहलें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।