अप्रेल में पवन सिंह के तीन गो फिल्म रिलीज होखी

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार पवन सिंह के तीन गो फिल्म एह महीना रिलीज होखे जा रहल बा. सबसे पहिले रिलीज होखी “लागल नथुनिया के धक्का”. एह फिल्म में पवन सिंह के नायिका बाड़ी कृशा आ आरती पुरी. ओकरा बाद आई “कर्तव्य”. निर्माता बृजेश सिंह आ निर्देशक जगदीश शर्मा के एह फिल्म में पवन सिंह एगो ईमानदार पुलिस अफसर के भूमिका कइले बाड़न आ नायिका बाड़ी मोनालिसा. पवन सिंह के अप्रेल में रिलीज होखे वाला तिसरका फिल्म रही “जंग” जवना के निर्देशन कइले बाड़े अरशद खान. निर्माता अभय सिन्हा के एह फिल्म में पवन सिंह खतरनाक एक्शन स्टंट कइले बाड़े आ नायिका बाड़ी मोनालिसा.
एह साल रिलीज भइल पवन सिंह के दुनु फिल्म “गुण्डईराज” आ “तू जान हऊ हमार” के सफलता का बाद एहू तीनो फिल्मन से बहुते उम्मीद कइल जा रहल बा. बेस्ट आफ लक पवन सिंह.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।