अब अंजना सिंह के एक्शन देखी जमाना

सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक कहाएवाली अंजना सिंह के अबही ले दर्शक हीरो का साथे नैन मटक्का करते देखले बा बाकिर अब अंजना सिंह के जोरदार एक्शन देखे के मिले वाला बा. निर्देशक बाली के फिल्म “मर्द तांगेवाला” पुलिस इंसपेक्टर बनल अंजना सिंह के कहर फ़िल्मी गुंडन पर टूटल बा. बहुते कम समय में भोजपुरी सिनेजगत में आपन जगहा मुकम्मल करा लेबे वाली अंजना एह फिल्म में एक्शन का साथे विराज भट्ट संगे रोमांसो करत लउकीहें. विराजो भट्ट एह फिल्म में पुलिस अधिकारी बनल बाड़े.

अपना किरदार का बारे में बतियावत अंजना सिंह बतवली कि कानून के दुश्मनन के डट के मुकाबला करेवाली ई पुलिस अधिकारी का लगे एगो मासूम दिलो बा आ ओकरा कवनो आम लड़िकी क तरह प्यारो होखत बा. एह फिल्म में उनुकर हर अदा दर्शकन का सामने आई. फिल्म के शूटिंग पूरा हो गइल बा.

अंजना सिंह के रिलीज खातिर तइयार फिलिमन का सूची में लावारिस, देवरा पर मनवा डोले, दिल ले गइल ओढनिया वाली, एक बिहारी सौ पे भारी, वर्दी वाला गुंडा वगैरह शामिल बा.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।