अब आरक्षण समर्थक सरकार के जान सुखवलें

लोकसेवाआयोग के परीक्षा में आरक्षण के नयका नियम वापिस होखला का बाद अब सपा समर्थक पिछड़ा वर्ग के अभ्यर्थी बवाल खड़ा कर दिहले बाड़ें. काल्हु दिन भर इलाहाबाद में ओह लोग के झड़प रहि रहि के पुलिस से होत रहल. तीन तीन बेर बातचीत कर के समस्या के समाधान के राह निकाले के कोशिश बेकारे रहल. एह लोग के माँग बा कि जबले सरकार फेर से उ नियम लागू ना कराई तबले विरोध प्रदर्शन जारी रही. ई लोग सपा के जिला कार्यालय का बाहरे टेंट लगा के धरना पर बइठ गइल बा आ एह लोग में सपा के कार्यकर्तो शामिल बाड़ें. सपा के कवनो नेता अतना हिम्मत ना जुटा पवले कि जा के अपना समर्थकन के समुझा बुझा सकसु.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।