अब आर पार के लड़ाई होखी पूर्वांचल खातिर

काल्हु पूर्वांचल स्वाभिमान यात्रा के समापन गोरखपुर में हो गइल. समापन सभा में अमर सिंह का दांये बायें, मनोज तिवारी, संजय दत्त, जयाप्रदा वगैरह लोग मौजूद रहे. अपना बीमारी का बावजूद पौने पाँच सौ किलोमीटर के यात्रा कर के पूर्वांचल राज्य के अलख जगावे वाला अमर सिंह कहलें कि कई गो मुख्यमंत्री आ देश के प्रधानमंत्री देबे वाला पूर्वांचल आजु उपेक्षित बदहाली में बा. एकरा साथे अबले सिर्फ धोखा होत रहल बा बाकिर पूर्वांचल अब अउरी ठगाये खातिर तइयार नइखे. सिने अभिनेता आ पूर्वांचल खातिर समर्पित हो चुकल मनोज तिवारी कहलें कि अब पूर्वांचल राज्य बने से केहू रोक ना पाई.
सभा में बड़हन भीड़ जुटल रहे जवन यात्रा के सफलता दर्शावत रहे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।