अब इलाहोबाद में चली हैदर काजमी के सिक्का

अपना फिलिम ‘रंगबाज’ से सिनेमा भोजपुरी में रंगबाजी देखा चुकल दमदार नायक हैदर काजमी अब इलाहाबाद में आपन रंगबाजी देखावे जात बाड़. एहिजा ऊ नमः शिवाय प्रोडक्शन आ निर्देशक रवि कांत के अबही ले अनाम एगो फिलिम के शूटिंग करत बाड़न.

पिछला दिने अपना फिल्म ‘कालिया’ के शूटिंग नक्सलाईट बेल्ट जहानाबाद में पूरा करा के मुंबई लवटल रहले हैदर काजमी आ लवटते शूटिंग खातिर इलाहाबाद आ गइलन. हैदर काजमी एह फिल्म के अपना दिल के करीब बतावत बाड़े. एहू फिल्म में उनुकर नायिका बाड़ी अक्षरा सिंह जे कालिया में उनकर जोड़ीदार बाड़ी.

इलाहाबाद में रंगबाजी देखवला का बाद हैदर काजमी के सिक्का भोजपुरी वर्ल्ड में अउरी टनकार हो जाये के पूरा उमेद बावे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।