अब इलाहोबाद में चली हैदर काजमी के सिक्का

अपना फिलिम ‘रंगबाज’ से सिनेमा भोजपुरी में रंगबाजी देखा चुकल दमदार नायक हैदर काजमी अब इलाहाबाद में आपन रंगबाजी देखावे जात बाड़. एहिजा ऊ नमः शिवाय प्रोडक्शन आ निर्देशक रवि कांत के अबही ले अनाम एगो फिलिम के शूटिंग करत बाड़न.

पिछला दिने अपना फिल्म ‘कालिया’ के शूटिंग नक्सलाईट बेल्ट जहानाबाद में पूरा करा के मुंबई लवटल रहले हैदर काजमी आ लवटते शूटिंग खातिर इलाहाबाद आ गइलन. हैदर काजमी एह फिल्म के अपना दिल के करीब बतावत बाड़े. एहू फिल्म में उनुकर नायिका बाड़ी अक्षरा सिंह जे कालिया में उनकर जोड़ीदार बाड़ी.

इलाहाबाद में रंगबाजी देखवला का बाद हैदर काजमी के सिक्का भोजपुरी वर्ल्ड में अउरी टनकार हो जाये के पूरा उमेद बावे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *