अब कॉलेजे से उठा लीहल जाई डॉक्टरन के

बिहार के सरकारी स्वास्थ्य सेवा में डॉक्टरन के कमी देखत बिहार सरकार तय कइले बिया कि अगिला साल से सरकार के बहाली टीम कॉलेजे कॉलेज घूम का डॉक्टरन के बहाल क लीहल करी.

File Photo of Sushil Modi

काल्हु पटना में कार्डयोलोजिस्टन के सम्मेलन में बोलत बिहार के उप मुख्यमंत्री सुशील मोदी कहलन कि बिहार में डॉक्टरन आ अउरी स्वास्थ्यकर्मियन के कमी लालू राबड़ी राज का चलते हो गइल. काहे कि ओह लोग का जमाना में नया मेडिकल कॉलेज खोलबे ना कइल गइल. बतवलन कि अब बिहार में 13 गो मेडिकल कॉलेज बाड़ी सँ आ जल्दिए अउरी एगारह गो मेडिकल कॉलेज खोलल जाई.

सुशील मोदी कहलन कि बिहार में एह साल से मेडिकल में 1400 गो एडमिशन होखल करी. जान जाईं कि तमिलनाडु में 49 गो मेडिकल कॉलेज बाड़ी सँ आ ओहिजा हर 253 आदमी पर एगो डॉक्टर बाड़न जबकि बिहार में 3207 आदमी पर एगो डॉक्टर बाड़ें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।