अब चालीस साला का उमिर ले दे सकीलें पीसीएस परीक्षा

यूपी सरकार अपना पीसीएस परीक्षा में शामिल होखे के अधिकतम उमिर बढ़ा के चालीस साल ले कर दिहले बिया. कम से कम उमिर में कवनो बदलाव नइखे भइल आ परीक्षा दिहला के कवनो सीमा ना होखला का चलते कवनो परीक्षार्थी उनतीस बेर ले एह परीक्षा में शामिल हो सकेला. पहिले ई सीमा पैंतीस साल के रहुवे. अब उमिर के एह खेल में साथ ही बहाल भइल दू गो लोग के उमिर में अठारह उनइस साल के फरक हो सकेला जवना से कुछ व्यावहारिक कठीनाई हो सकेले. आयोग के एह राय के सरकार अनदेखी कर दिहलसि. सरकार के ई फैसला तत्काल प्रभाव से लागू हो गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।