अब चोरी करे पर उतर अइले मनोज पाण्डेय….

भोजपुरी दर्शकन के राजाजी यानि कि मनोज पाण्डेय कबो रोमांटिक हीरो बनि के लोग के दिल लूटेले त कबो एंग्री यंग मैन बन के ओह लोग के अभिव्यक्ति देले. बाकिर हालत ई हो गइल बा कि इहे मनोज पाण्डेय अब घर घर में चोरी करे लागल बाड़न. अब एह पर चिंहुकला के जरूरत नइखे काहे कि मनोज पाण्डेय ई काम अपना नयकी फिल्म चालबाज चुलबुल पांडे में करे जात बाड़े.

लगातार अपना फिलिमन में व्यस्त रहे वाला मनोज पाण्डेय अबहीं पटना में चलत फिल्म चुलबुल पांडे के शूटिंग में व्यस्त बाड़न हर फिल्म का तरह एहू फिल्म में मनोज पाण्डेय के एगो नये रूप नजर आई. काहे कि मनोज पाण्डेय के कहना बा कि फिलिम भले कम करसु बाकिर किरदार अइसन रही कि दर्शकन के याद रहो.


(स्रोत – संजय सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।