अब नन्हकी “सुर-ताज” खोजे में लागल महुआ टीवी

छोट छोट गाँव आ कस्बा में जा के आम जनता का बीच दे बड़ बड़ कलाकार खोज निकाले खातिर महुआ टीवी “सुर संग्राम, डांस संग्राम, भौजी नं॰१” आ “गृहलक्ष्मी” का माध्यम से प्रतिभा के मंच दिहलस आ आपन मुकाम तक चहुँपे में ओह लोग के मदद कइलसि. एही क्रम में महुआ टीवी अब छोट कम उमरिया गायक गायिका खोजे आ ओह लोग के एगो बड़हन मंच देबे के फैसला कइले बा. एह म्यूजिकल रियलिटी शो के नाम हऽ “नहले पे दहला नन्हे सुरों का महासंग्राम”. भोजपुरी में कम उमरिया बच्चन खातिर ई पहिला कार्यक्रम होखे जा रहल बा.

“नहले पे दहला” खातिर प्रतिभा खोजे के काम २७ नवम्बर से शुरु होखे जा रहल बा. एह कार्यक्रम में ७ साल से १५ साल तक के लड़िका लड़िकी शामिल हो सकेला. पहिलका आडिशन पटना के बाल्डविन अकादमी स्कूल में २७ नवम्बर के होखी. लखनऊ के ऐरम कान्वेंट कॉलेज में २८ नवम्बर का दिने, मुजफ्फरपुर होलीक्रास मिशन सेकेण्डरी स्कूल में २९ नवम्बर के, बनारस के हैप्पी मॉडल स्कूल में ३० नवम्बर के, राँची के सेन्ट्रल अकादमी में पहली दिसम्बर के, गोरखपुर के माडल गर्ल स्कूल में २ दिसम्बर के, आ नोएडा के महुआ कार्यालय में ३ दिसम्बर के आडिशन लिहल जाई. चयन के जिम्मा सतीश अजय के जोड़ी के दिहल बा.

जे लोग अपना लड़िका भा लड़िकी के एह आडिशन में शामिल करावल चाहत बा ओकरा ओह प्रतिभागी के उम्र प्रमाण पत्र आ फोटो साथ में ले आवे के पड़ी. आडिशन में शामिल होखे खातिर कवनो तरह के कवनो शुल्क नइखे. प्रतियोगिता के मनोरंजक बनावे खातिर एकरा के लड़िकन के टीम आ लड़कियन का टीम का बीच में करावल जाई.

अलग अलग केन्द्र से चयनित प्रतिभागियन के अन्त में दिल्ली में आयोजित होखे वाला मेगाआडिशन में भाग लेबे के पड़ी जहाँ अन्तिम रुप से चुनल जाई प्रतिभागियन के. कार्यक्रम के निर्माण “डांस इण्डिया डांस” बनावे वाली कंपनी “राईट पिक्चर कंपनी प्रा॰लि॰” करी.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।