अब फिल्म फेयर पत्रिको में नजर अइहें मनोज तिवारी

भोजपुरी सिनेमा के ऑस्कर तक ले जाए क सपना पालेवाला भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के लेके ऐतिहासिक कदम उठावत टाईम्स समूह के पत्रिका फिल्म फेयर अपना वार्षिक अंक में उनुका के जगहा दिहले बा. टाईम्स समूह के पत्रिका फिल्म फेयर के गिनिती अग्रणी फिल्म पत्रिकन में होला. अइसना में एह पत्रिका में कवनो कलाकार के नाम आइल कवनो बड़हन इनाम से कम ना मानल जाव. पत्रिका के वार्षिक अंक में पहली बार भोजपुरी फिल्मों के मेगा स्टार मनोज तिवारी के आकर्षक चित्र संग खास साक्षात्कार प्रकाशित कइल गइल बा.

फिल्म फेयर पत्रिका के मानना बा कि मनोज तिवारी भोजपुरी के सबले लोकप्रिय गायक आ अभिनेता हउवें. अपना साक्षात्कार में मनोज तिवारी मौजूदा भोजपुरी सिनेमा, राजनीतिक हालात आ अपना निजी ज़िन्दगी पर बिना लाग लपेट के बातचीत कइले बाड़न.

एह अंक में मनोज तिवारी के इंटरव्यू के अलावा, दीपिका पादुकोण, करीना कपूर, ऋतिक रोशन, बिपाशा वासु, सोनाछी सिन्हा, अनुष्का शर्मा, आ रवीना टण्डन के इण्टरव्यूओ शामिल बा. मनोज तिवारी बतावत बाड़न कि फिल्म फेयर पत्रिका में भोजपुरी सिनेमा खातिर कॉलम के शुरुआत कइल जाई. भोजपुरी सिनेमा खातिर ई आगाज बहुते खास आ खुशी के बात बा. एहसे भोजपुरी सिनेमा के नया राह मिली.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत -बहुत बधाई मनोज जी के . भोजपुरी के माथा ऊँचा करेवाला एह हाड़-मांस के पुतला के सादर नमस्कार .
    गीतकार –
    ओ.पी.अमृतांशु
    090136609958

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।