आंगनबाडि़यन के डीपीओ कार्यालय पर परदर्शन

बलिया जिला के आंगनबाड़ी में काम करेवाली कार्यकत्री मिलि के जिला कार्यक्रम अधिकारी के कार्यालय पर उनुकर जिला संरक्षक देवेन्द्र यादव के संगे परदर्शन क के आठ सूत्रीय मांग पत्र उनुकरा के दीहल गउए। पत्र में कहल गइल बा कि संघ के साथे जवन समझौता भइल रहल ओकरा हिसाब से फर्जी कार्यकत्री निर्मला सिंह के मानदेय रोक दीहल बा बाकि पूनम के मानदेय नइखे दीहल जात। जवना पर कारवाइ के मांग कइल बा। जिला संयोजक देवेन्द्र नाथ यादव कहलन ह कि परियोजना अधिकारी के मिलीभगत से लाखन के लइकन के पोसाहार पन्दह गोदाम से बेचि दीहल गइल आ ओकर पइसा मिलिजुलि के खा गइल बाड़न लोग। साथे साथे आंगनबाडि़यन के पत्रावलियो में हेराफेरी कइले बा लोग जेवना के जांच करवावल बहुते जरूरी बा। महामाया आशीर्वाद योजनो में खूब घपला भइल बा आ फरजी आंगनबाडि़यन के दस्खत बना के लाख लाख रूपिया निकाल ले ले बा लो। एकर जांच बहुते जरूरी बा ।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।