अब बिहारो में होखी इलाकाई सेंसर बोर्ड

VinayBihariबिहार के कला-संस्कृति मंत्री आ भोजपुरी सिनेमा के मशहूर गीतकार विनय बिहारी बतावत बाड़े कि अब बिहारो में इलाकाई सेंसर बोर्ड होखी आ एकरा ला कला-संस्कृति विभाग प्रस्ताव तइयार करावे में लागल बा. एह काम खातिर देश के नौ गो इलाकाई सेंसर बोर्ड के प्रारूप मँगावल गइल बा जवना का आधार पर एकर स्थापना हो सकी.

बतावल जात बा कि बिहार में फिल्म स्टूडियो बनावे के सपनो जल्दिए पूरा हो जाई. राजगीर में एकरा खातिर 26 एकड़ जमीन खरीद लिहल गइल बा. आ अगिला साल से ओकरा के बनावे के काम शुरू हो जाई.

जान जाईं कि हर साल नाहियो त एक सौ भोजपुरी, मगही, मैथिली फिलिम बनावल जाले आ बहुते बड़ संख्या में भोजपुरी, मगही, मैथिली, अंगिका आ बज्जिका भासा के आडियो विडियो सीडीओ बनावल जाले. बाकिर अबहीं सगरी काम मुंबई में करावल जात बा काहे कि बिहार में स्टूडियो नइखे.

स्टूडियो आ सेंसर बोर्ड बन गइला के सबले बड़का फायदा होखी कि दुअर्थी संवाद आ फूहड़ गीतन पर रोक लगावल संभव हो पाई. अलग बाति बा कि फूहड़ फिलिम आ गीत दोसरो भासा में भरपूर बाड़ी स बाकिर बदनाम भोजपुरी के कर दिहल गइल बा आ एह काम में भोजपुरियो लोग बढ़ चढ़ के शामिल हो गइल बा. जतना पोर्न फिलिम अंगरेजी में बनेला ओतना शायदे कवनो दोसरा भासा में बनत होखी बाकिर अंगरेजी भासा पर फूहड़ भा अश्लील होखे के आरोप ना लगावल जाय. दक्खिन भारत के फिलिमन में जतना देह देखावल जाला आ जतना सी ग्रेड फिलिम बनेली सँ ओतना भोजपुरी में ना होखे बाकिर तमिल, तेलुगु, कन्नड़, मलयालम पर केहू फूहड़ होखे के आरोप ना लगावे. भोजपुरी के बदनाम करे में कुछ लोग के आपन स्वार्थ बा, खास कर के हिंदी प्रेमियन के जिनका लागेला कि भोजपुरी के बढ़ला से हिंदी के नुकसान हो जाई. अइसने हिंदी प्रेमी भोजपुरियन का चलते आजु ले भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में नइखे डालल जा सकल. होखे के त चाहीं कि पहिले अइसनका भोजपुरी विरोधियन के खिलाफ आन्दोलन चले आ भोजपुरी के सँवारे-सुधारे के काम ओकरा बाद कइल जाव. बाकिर एह पर केहू के धेयान नइखे. भोजपुरी के गरिया के जतना प्रचार मिल जाला ओतना शायद भोजपुरी खातिर काम कइला पर ना मिल पावे आ एहिसे लोग गरियावे में ढेर आगे रहेला, भोजपुरी लिखे पढ़े बतियावे में कम.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।