अब बिहार दिवस का अवसर पर भोजपुरी फिल्मोत्सव

अगिला २२ मार्च के बिहार दिवस मनावल जाई. एही तारीख के बिहार राज्य के गठन भइल रहे. एह मौका पर बिहारियत जगावे खातिर तय कइल गइल बा कि भोजपुरी फिल्म आ बिहार के बारे में बनल डाकूमेन्टरियन के देखावल जाई. फिल्म समारोह मोना सिनेमा में होखी जवना में सात गो चुनल भोजपुरी फिल्म देखावल जाई. फिल्म के चयन हो रहल बा आ हो सकेला कि ओकरा खातिर पैरवीओ चालू होखे. १४ गो डाकूमेन्टरी देखावे के योजना बा जवना खातिर निर्माता लोग अपना फिल्म के विवरण दाखिल कर दिहले बा. सगरी फिल्म मुफ्त में देखावल जाई.

छह दिन के एह समारोह के आयोजन के जिम्मेदारी बिहार सरकार के सूचना आ जनसंपर्क विभाग के दिहल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।