अब बड़को परदा पर अइली अक्षरा

बहुते खुबसूरत अदाकारा हई अक्षरा, जिनका के लोग अंजलीओ कहि के बोलावेला. अंजली जतने खूबसूरत आ मासूम लउकेली ओतने बढ़िया अदाकारो हई. राजस्थानी, हिन्दी, भोजपुरी एलबमन में अपना अदा के जलवा देखवा का बाद अब अक्षरा बड़को परदा पर आवत बाड़ी. अबहीं ऊ शिव आराधना फिल्म्स के दू गो फिलिमन मे काम करत बाड़ी. एह फिलिमन के निर्माता हउवें सर्वजीत भाटी आ के. अरोड़ा. ई दुनु हिन्दी फिल्म जल्दिये दर्शकन का सोझा आई.


(दिनेश यादव के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..