अब बड़को परदा पर अइली अक्षरा

बहुते खुबसूरत अदाकारा हई अक्षरा, जिनका के लोग अंजलीओ कहि के बोलावेला. अंजली जतने खूबसूरत आ मासूम लउकेली ओतने बढ़िया अदाकारो हई. राजस्थानी, हिन्दी, भोजपुरी एलबमन में अपना अदा के जलवा देखवा का बाद अब अक्षरा बड़को परदा पर आवत बाड़ी. अबहीं ऊ शिव आराधना फिल्म्स के दू गो फिलिमन मे काम करत बाड़ी. एह फिलिमन के निर्माता हउवें सर्वजीत भाटी आ के. अरोड़ा. ई दुनु हिन्दी फिल्म जल्दिये दर्शकन का सोझा आई.


(दिनेश यादव के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।