अब भोजपुरी के ‘जंजीर’

Nirahua-Zanzeer-posterअगर फिलिम के नाम सुन रउरा सोचत होखब कि अमिताभ बच्चन के सुपर डुपर हिट ‘जंजीर’ के रिमेक बनत बा त उ हिन्दी ‘जंजीर’ फिलिम पहिले प्रदर्शित होखी त जान लीं कि एकर मुकाबला करे आवत बिया भोजपुरी के ‘जंजीर’. जानल मानल भोजपुरी निर्देशक रवि सिन्हा के निर्देशित एह फिलिम में सुपरस्टार दिनेश लाल यादव आ हॉट बम मोनालिसा के जोड़ी बा.

निर्देशक रवि सि्न्हा के कहना बा कि उनकर भोजपुरी फिलिम ‘जंजीर’ कवनो दोसरा फिलिम के नकल ना ह. ई त भोजपुरी कलेवर में अलगा कहानी पर बनल बा. जे.आर. फिल्म कम्बाइन्स के परोसल एह फिलिम के निर्माता हउवें मिसेज रेखा सिन्हा, हरीश (बाबू), श्रवण अग्रवाल आ भरत बी. जैन. कहानी आ निर्देशन रवि सिन्हा के ह. पटकथा रवि सिन्हा आ राजेश पाण्डेय के ह. संवाद लिखले बाड़न राजेश पाण्डेय. गीतकार प्यारेलाल यादव आ कृष्णा बेदर्दी. संगीतकार मधुकर आनन्द.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में भोजपुरी सुपर स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, मोनालिसा, अवधेश मिश्रा, एजाज खान, उमेश सिंह, विनोद मिश्रा, मेहनाज श्रॉफ, नवोदित कोमल ठक्कर, सूरी सक्सेना, सुमिता पाण्डे, सीमा सिंह आ पूनम पाण्डे शामिल बा लोग.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
जंजीर

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।