अब भोजपुरी फिलिम बनी ‘जिया हो बिहार के लाला’

NirajYadavAhiraभोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के गावल ‘गैंग ऑफ वास्सेपुर’ फिलिम के सुपर डुपर हिट गाना ‘जिया हो बिहार के लाला….’ अब सिनेमा के टायटल बनी. ‘जिया हो बिहार के लाला’ नाम से एगो भोजपुरी फिलिम बने जात बा जवना में मुख्य भूमिका सुपरस्टार रवि किशन, नायिका अंजना सिंह, आ खलनायक नीरज यादव अहिरा के बा. निर्देशित करीहें आनंद गहतराज. प्रजेंट मेकर कारपोरेशन के बैनर तले निर्माता बाड़ें रोहित सिंह आ कार्यकारी निर्माता सागर वर्मा.

नीरज यादव के हालिया रिलीज फिलिम ‘प्रतिघात’ बिहार में सफलता के डंका बजावत बिया आ शानदार तरीका से चउथा हफ्ता में चलत बिया. देखेवालन के नीरज यादव अहिरा के खूंखार खलनायक वाला रोल बहुते पसंद आइल बा. एकरो निर्देशन आनंद डी. गहतराज कइले बाड़न.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।