अब भोजपुरी में देखीं "फूल और कांटे"

phool-kanteसाई विज़न फिल्मस् अउर मॉं श्रद्धा फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’फूल और कांटे’ जल्दिए सभतर रिलीज होखे वाली बा. एकर निर्माता विजय कुमार शाह अउर ज्ञानत्री देवी आ निर्देशक अजय यादव हउवें. कहानी इलाके के नामी-गिरामी दंबंग चापड़ सिंह से शुरू होखत बा जे अपना बेटी किरण के बिआह कंजूस बाप भिखारी लाल के बेटा मिंटू से करे के प्रस्ताव राखत बाड़े. जवना ला भिखारी लाल तुरते मान जात बाड़े. चापड़ सिंह के का मालूम कि उनुकर बेटी किरण मिंटू के जिगरी दोस्त उमेश से प्यार करेले. उमेश एगो मामूली साइकिल मिस्त्री ह. ओने मिंटू किरण के गरीब सहेली काजल से प्यार करऽता. एह सब के खुलासा तब होता जब किरण के देखे के बहाने मिंटू आ उमेश चापड़ सिंह के घरे मेहरारू का भेस में जात बाड़े आ ओहिजा ई चोरी पकड़ में आ जात बा. चापड़ सिंह के लागत बा कि भिखारी लाल उनुका प्रतिष्ठा के भद्द उड़वले बा. अब एह खीसि में मिंटू आ उमेश के दोस्ती जर जात बा आ दुश्मनी में बदल जात बा. एह तमाम सवालन क साथे कहानी आगे बढ़त बा आ आखिर में फिलिम के सुखद अंत होखत बा.

एह फिलिम में प्रिंस राजपूत, उमेश सेठी, पलक तिवारी, पायल पाण्डे, दीपक भाटिया, गोपाल राय, कृष्णा पाण्डे, माधुरी मिश्रा, ममता सिंह, सीमा सिंह, चारू शर्मा, रमजान, जय प्रकाश सिंह वगैरह के खास भूमिका बा.

संगीतकार अमन श्लोक, गीतकार विनय बिहारी अउर अरविंद तिवारी, कोरियोग्राफर ज्ञान सिंह, एक्शन फिरोज पठान, संकलन धरम सोनी आ कैमरामैन राजेश कनोजिया बाड़ें.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।