अब भोजपुरी सिनेमा में डेग धरीहें पायल रोहतगी


पटना 01 जून (वार्ता) बॉलीवुड अभिनेत्री आ रियलिटी शो बिगबॉस अउर नचबलिये से फेमस भइल पायल रोहतगी भोजपुरी सिनेमा में एक्टिंग करे आवत बाड़ी.
ये क्या हो रहा है, प्लान, चेतना, दिल कबड्डी समेत कई हिन्दी फिलिमन में काम कर चुकल पायल रोहतगी भोजपुरी फिलिम “हल्फा मचाके गईल” से भोजपुरी सिनेमा में डेग धइले बाड़ी. ई फिलिम आजु बिहार आ झारखंड में रिलीज हो रहल बा. पायल एह फिलिम में मेहमान कलाकार का रूप में आइल बाड़ी.
फिल्म के प्रमोशन करे पटना आइल पायल रोहतगी कहली कि ‘हल्‍फा मचाके गईल’ बहुते बढ़िया फिलिम बा आ हम एकरा में स्‍पेशल एपीयरेंस में नजर आएब. एकरा के बहुते बड़हन पैमाना पर आ निकहा तरीका से बनावल गइल बा. उम्मीद बा कि देखहूंवाला एकरा के पसन्द करीहें.
हिंदी का अलावे तमिल, तेलगू आ अंग्रेजी फिलिमन में काम कर चुकल पायल रोहतगी बतवली कि ऊ हर ओइसन फिलिम में काम कइल चाहेली दवन उनिका के एकरा ला उकसावे, चाहे ओह फिलिम के भाषा जवने होखो.
पायल रोहतगी बतौर निर्माता भारत के पहिला ओलंपिक पदक विजेता रेसलर के डी जाधव का जिनिगिओ पर एगो फिलिम बनावे जात बाड़ी जवना में के डी जाधवन के भूमिका पायल रोहतगी के मंगेतर आ ओलपिंक विजेता संग्राम सिंह कऱीहें. एह फिलिम के निर्देशन श्याम बेनेगल से करवावे के कोशिश हो रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *