अब मुंबई में देखल जाई सुशील सिंह के ‘फौलाद’

भोजपुरी सिनेमा के दबंग स्टार सुशील सिंह के फिल्म ‘फौलाद’ बिहार में सुपर डुपर हिट होखला का बाद मुंबई में एगारह नवम्बर से रिलीज होखे जात बा. हालही में सुशील सिंह के एगो अउरी फिल्म उत्तर प्रदेश में प्रदर्शित भइल बा, ‘केहू हमसे जीत ना पाई’. सुशील सिंह एहमें एगो फारेस्ट ऑफिसर के भूमिका में बाड़े जे देश के दुश्मनन के मुंहतोड़ जवाब देबे में आपन पूरा पूरा परिवार गवाँ देत बा बाकिर हार नइखे मानत. एहमें कमाल के एक्शन कइले बाड़न सुशील सिंह.

बिहार में फिल्म ‘फौलाद’ के दर्शक सुशील सिंह का भूमिका पर खूब ताली बजावत बाड़े. उनकर दबंगई देखत उनुका के भोजपुरी सिनेमा के दबंग स्टार कहल जात बा, सुशील सिंह छोटको परदा पर आपन जलवा देखा चुकल बाड़न. आ अब हिन्दीओ फिलिम में नायक बन के सामने आवे वाला बाड़न. फिलिमन में खलनायक होखला का बावजूद अक्सर ऊ हर फ्रेम में बाकी कलाकारन पर बीस साबित होलें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..