अब सीमा सिंह कहीहें ‘जियऽ हो बिहार के लाला’

SeemaSingh-75सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी के गावल गाना‘जियऽ हो बिहार के लाला….’ पर बनत एही टायटल के फिलिम ‘जिया हो बिहार के लाला’ से अब डांसिंग क्वीन सीमो सिंह जुड़ गइल बाड़ी. एहू फिलिम में सीमा सिंह अपना डांस के लटका झटका देखइहें.

पिछला दिने एह फिलिम के मुहुर्त मुंबई में भइल त मीडिया से सीमा सिंह मुखातिब भइली आ बतवली कि पहिले त तब चउँकली जब मालूम भइल कि “जियऽ हो बिहार के लाला” गाना पर फिलिम बने जात बा आ दोसरकी बेर तब चउँकली जब उनका से कहल गइल कि एह फिलिम में उनुका आयटम नंबर करे के बा.

एह फिलिम के मुख्य जोड़ी बावे भोजपुरी फिल्मों के एवरग्रीन सुपर स्टार रवि किशन आ अंजना सिंह के आ फिलिम ‘प्रतिघात’ से चरचा में आइल खलनायक नीरज यादव अहिरा एकर मुख्य खलनायक बाड़ें. निर्देशक बाड़ें आनंद डी. गहतराज.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..