अब सीमा सिंह कहीहें ‘जियऽ हो बिहार के लाला’

SeemaSingh-75सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी के गावल गाना‘जियऽ हो बिहार के लाला….’ पर बनत एही टायटल के फिलिम ‘जिया हो बिहार के लाला’ से अब डांसिंग क्वीन सीमो सिंह जुड़ गइल बाड़ी. एहू फिलिम में सीमा सिंह अपना डांस के लटका झटका देखइहें.

पिछला दिने एह फिलिम के मुहुर्त मुंबई में भइल त मीडिया से सीमा सिंह मुखातिब भइली आ बतवली कि पहिले त तब चउँकली जब मालूम भइल कि “जियऽ हो बिहार के लाला” गाना पर फिलिम बने जात बा आ दोसरकी बेर तब चउँकली जब उनका से कहल गइल कि एह फिलिम में उनुका आयटम नंबर करे के बा.

एह फिलिम के मुख्य जोड़ी बावे भोजपुरी फिल्मों के एवरग्रीन सुपर स्टार रवि किशन आ अंजना सिंह के आ फिलिम ‘प्रतिघात’ से चरचा में आइल खलनायक नीरज यादव अहिरा एकर मुख्य खलनायक बाड़ें. निर्देशक बाड़ें आनंद डी. गहतराज.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।