अब हम करब इंसाफ के संगीत मुहुर्त

एम॰एस॰आर॰ फिल्म प्रोडक्शन का बैनर में बने जा रहल निर्मात्री मुन्नी एस॰चतुर्वेदी आ निर्देशक सनोज मिश्रा के फिल्म “अब हम करब इंसाफ” के संगीत मुहुर्त हालही में मुंबई के अंधेरी में स्वरलता स्टूडियो में करावल गइल. अनुष्का शर्मा आ बैष्णव देवा के गावल युगल गीत संगीतकार वैष्णव देवा के निर्देशन में रिकार्ड करावल गइल. फिल्म के कहानी लेखक सुहावना, पटकथा लेखक रामवृक्ष गौड़, गीतकार प्रमोद पाण्डेय, गणेश, संजीत निर्मल आ पुष्कर अनिल सिंह, कैमरा मैन प्रमोद पाण्डेय, नृत्य निर्देशक मयंक अशोक आ एक्शन दिलीप कुमार यादव के रही.
“अब हम करब इंसाफ” के कलाकार बाड़े सत्येन्द्र सिंह, रानी चतुर्वेदी, देव मल्होत्रा, सुमित चतुर्वेदी, प्रिया पाण्डेय, प्रभात, विजय आर सिंहम विकास सिंह, देवा, वकील राज, अभिषेक गिरी, प्रिंस, कमलेश चौधरी आ कुणाल सिंह.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।