अभय राय के हत्या के गुत्थी पुलिस सझुरा लिहलसि

सीतलपुर बाजार के युवा नेता अभय राय के हत्या के गुत्थी पुलिस सझुरा लिहलसि
कुछ दिन पहिले दिघवारा में भइल अभय राय के हत्या के मामिला सझुरावत पुलिस पाँच गो आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. हत्या के हथियार, अभय राय के मोबाइल, कपड़ा वगैरहो बरामद हो गइल बा. पुलिस अब धराइल आरोपियन से पूछताछ क के अउरीओ अपराधियन के पता लगावे में लागल बिया. अभय राय के लाश के गैस से चलावल जाए वाला आरी से तीन टुकड़ा कइल गइल रहे. वैशाली जिला के अनवर एह मामिला में असल अपराधी बा जे कुछ दिन पहिले से सीतलपुर बाजार में भाड़ा के घर में रहत रहुवे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।