अभय सिन्हा के ‘‘प्यार झुकता नहीं’’

pyaar-jhukta-nahiसिनेमा भोजपुरी के परदा पर बंधन टुटे ना, प्यार के बंधन, जनम जनम के साथ, परिवार, हम बाहुबली, लावारिस, अउर एक दुजे के लिए जइसन सफल फिलिम दे चुकल निर्माता अभय सिन्हा अब ‘‘प्यार झुकता नहीं’’ ले के आवत बाड़ें. यशी फिल्म्स के बैनर तले बनल एह फिलिम में खेसारीलाल यादव आ स्मृति सिन्हा के सुपरहिट जोड़ी का संगे नवोदित शैलेश सिन्हा, अक्षरा सिंह, प्रकाश जैस, अनुप अरोड़ा, माया यादव, सुर्या, दीपक सिन्हा, मेहनाज, जे. नीलम, महेश आचार्या, आ सागर सोलंके रहीहें.

कथा-पटकथा लेखन आ निर्देशन हवे असलम शेख के, गीत प्यारेलाल यादव के, संगीत राजेश-रजनीश के, संवाद मनोज कुशवाहा के, संपादन जीतेन्द्र सिंह जीतु के, कला निर्देशन विजय दास के बावे. कार्यकारी निर्माता बाड़ें अंजनीकांत श्रीवास्तव.

एकर शुटिंग रामोजी राव फिल्म सिटी (हैदराबाद), हलोल (गुजरात) आ मुम्बई के लोकेशन पर भइल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।