अभय सिन्हा के ‘‘प्यार झुकता नहीं’’ ईद पर रिलीज होखी

Khesari-Smriti-PyaarJhuktaNahiभोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा के नयकी फिलिम ‘प्यार झुकता नहीं’ के प्रदर्शन ईद का मौका पर सगरी बिहार-झारखंड में कइल जाई. यशी फिल्म्स प्रा०लि० के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्देशक हउवें असलम शेख. एहमें सुपरस्टार खेसारीलाल यादव, स्मृति सिन्हा, नवोदित शैलेश सिन्हा, अक्षरा सिंह, प्रकाश जैस, अनुप अरोड़ा, माया यादव, सुर्या, दीपक सिन्हा, आ सागर सोलंके खास भूमिका में बाड़ें. संभावना सेठ के उपर एगो खास आईटम गीत फिलिमावल गइल बा.

कथा-पटकथा लेखक असलम शेख, गीतकार प्यारेलाल यादव, संगीतकार राजेश-रजनीश, संवादलेखक मनोज कुशवाहा, एक्शन मास्टर शकील शेख आ कार्यकारी निर्माता अंजनीकांत श्रीवास्तव हउवें. फिलिम के नायक अपना प्यार के पावे खातिर कवनो हद ले जाए के तइयार लउकी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।