अभय सिन्हा के फिलिमन पर रोक लगावे के मांग उठल


जनकवि भिखारी ठाकुर लोक साहित्य व संस्कृति मंच माँग कइले बा कि निर्माता अभय सिन्हा के फिलिमन पर बिहार-झारखंड में प्रतिबन्ध लगा दिहल जाव. मंच ई मांग बिहार-झारखण्ड मोशन पिक्चर एसोसिएशन से कइले बा जवना के अध्यक्ष डॉ॰ सुनील के दिहल ज्ञापन में मंच के अध्यक्ष लालन राय आ सचिव कृष्ण कुमार वैष्णवी कहले बाड़न कि अभय सिन्हा के फिलिम बिदेसिया भोजपुरी के शेक्सपियर मानल जाए वाला नाट्यकर्मी भिखारी ठाकुर के नाटक बिदेसिया पर बनावल गइल रहे जवन कोपीराईट एक्ट के खिलाफ बा. जनकवि भिखारी ठाकुर लोक साहित्य व संस्कृति मंच के बैनर में भिखारी ठाकुर के पोता राजेंद्र ठाकुर छपरा कोर्ट में ६३ कॉपी राईट एक्ट के तहत मुकदमा दर्ज कइले रहलें. अब. छपरा के न्यायिक जज ब्रजेश कुमार निर्माता अभय सिन्हा, लेखक रंजन कुमार सिंह आ यशी फिल्म्स के प्रबंधक पर समन जारी कइले बाड़न. एह आधार पर बिहार-झारखण्ड मोशन पिक्चर एसोसिएशन के चाहीं कि अभय सिन्हा के कवनो फिलिम एह मामिला के फैसला होखे ले बिहार-झारखण्ड मे रिलीज ना होखे.


(उदय भगत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।