अभय सिन्हा के मिलल कैमुर भोजपुरी सम्मान

meira-kumar-honoring-abhay-kumarसिनेमा भोजपुरी के सबले बड़का निर्माता अभय सिन्हा के हाल ही में लोकसभा अध्यक्ष मीरा कुमार के हाथे कैमुर भोजपुरी सम्मान से सम्मानित कइल गइल. भोजपुरी परदा पर एक से बढ़के एक फिलिम देबे वाला अभय सिन्हा के पुरस्कार देत लोकसभा अध्यक्षा मीरा कुमार उनका के भोजपुरी के सवश्रेष्ट फिल्म निर्माता बतवली आ उनका सफल भविष्य ला शुभकामना दिहली.

एह मौका पर महुआ टीवी प्रमुख पी.के. तिवारीओ के सम्मानित कइल गइल.

गौर करे जोग बा कि अभय सिन्हा ‘‘बंधन टुटे ना’’, ‘‘प्यार के बंधन’’, ‘‘जनम जनम के साथ’’, ‘‘धरती कहे पुकार के’’, ‘‘परिवार‘‘, ‘‘हम बाहुबली’’, ‘‘रंणभूमी’’, ‘‘लावारिस’’, ‘‘एक दुजे के लिए’’ जइसन फिलिम आ महुआ टीवी आ बिग मैजिक ला अनेके धारावाहिक बना चुकल बाड़े.


(प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. raju

    bhjpuri film

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..