अभिनय और चुटीला संवाद भरल फिल्म ‘पागल प्रेमी’

निर्माता नवीन कुमार सिंह आ निर्देशक अजय गुप्ता के फिल्म ‘पागल प्रेमी’ अइसन भोजपुरी फिल्म हवे जवना के देखला का बाद तारीफ करे के शब्द कम पड़ जाई. एहमें विनय आनन्द अपना भूमिका के पूरा ग्लोरिफाई कइले बाड़न आ एह फिल्म में उनुकर अदाकारी बेमिसाब बा. ई कहना बा ओह लोग के जे एह फिल्म के फर्स्ट लुक देखले बा. कहना बा कि विनय आनन्द त अपना हर फिल्म में कुछ ना कुछ नया करबे करेले बाकिर एह फिल्म के संवादो बहुते चुटीला बा. सुनत घरी चेहरा पर हँसी आ व्यंग के अहसासो होखत बा.

‘पागल प्रेमी’ के कहानी में कईगो उतार चढ़ाव बा. निर्देशक अजय गुप्ता आ निर्माता नवीन कुमार सिंह एह फिल्म के आइडिया के बहुते खूबसूरती का साथ परदा पर उतरले बाड़े.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।