अभिनय का दम पर सिनेप्रेमियन के आपन बनइहें अली शेख

AliShekhभोजपुरी सिनेमा के स्वर्णिम दौर में फिलिम बनावे का संगही भोजपुरी माटी के कलाकारो अपना अभिनय कौशल से अमिट छाप छोड़त बाड़ें. बिहार के दरभंगा जिला ऊसर टोला गॉंव के मूल निवासी अभिनेता अली शेख अपना दमदार अभिनय से सिनेप्रेमियन के आपन दीवाना बनावे में लागल बाड़ें. पराग पाटिल के निर्देशन में बने जात भोजपुरी फिलिम में बतौर अभिनेता अली शेख दमदार भूमिका में दिखाई दीहें.

जाने जोग बा कि बचपन में महाभारत आ चन्द्रकान्ता धारावाहिक देख के अली शेख का मन में अभिनय करे के सपना जागल. तब उ धारावाहिक के किरदारन के नकल क के अपना दोस्तन से तारीफ जीतत रहलें. स्कूल, कालेजो में समय समय पर मंच पर अपना अभिनय कला से सभके मोह लेत रहलन अली शेख. आ अब मुम्बई के माया नगरी में अली शेख आपन सपना साकार करत बाड़न.

कागज की कश्ती, तलाक क्यों, लेडीज इंस्पेक्टर, दर्शन दो भगवान वगैरह धारावाहिकन में आपनी मौजूदगी दर्ज करा चुकल बाड़न अली शेख. हिंदी फिलिम ‘दिल ढूंढता है’ का बाद अली शेख अब भोजपुरी फिलिम में आपन अदाकारी देखा यादगार बन गइल चाहत बाड़न. अपना के भोजपुरी माटी के लाल बतावत अली शेख कहलन कि भोजपुरी सिनेमा में आपन एगो पहचान बनावल चाहत बाड़न. बतवलन कि संघर्षे का दौरान निर्देशक पराग पाटिल से मुलाकात भइल आ उहाॅके अपना फिलिम में बतौर नायक बहुते दमदार भूमिका ला चुन लिहनी. उम्मीद बा कि दर्शको उनका के जरूर कामयाब बनइहें.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।