अमिताभ बच्चन आ जया साथे निरहुआ आ पाखी

भोजपुरी परदा के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ न॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े अब भोजपुरी सिनेमा का परदा पर बिग बी अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन का साथे नजर अइहें. निरहुआ आ पाखी हेगडे बिग बी अमिताभ बच्चन के मेक अप मैन दीपक सावंत के भोजपुरी फिल्म ‘गंगा देवी’ में बिग बी आ जया बच्चन का साथे परदा पर एक साथे नजर अइहे.

पिछला दिने एह फिल्म के शूटिंग सदी के महानायक अमिताभ बच्चन शुटिंग मुम्बई के फिल्म सिटी में कइले. ‘गंगादेवी’ के निर्माता दीपक सावंत एहसे पहिले गंगा आ गंगोत्री बना चुकल बाड़े. एह फिल्म में गंगा देवी के केन्द्रीय भूमिका में पाखी हेगड़े बाड़ी आ नायक बनल बाड़े निरहुआ. निरहुआ के भूमिका एगो राजनीतिक कार्यकर्ता के बा. एहो लोग का अलावे गुलशन ग्रोवर, अवधेश मिश्रा, गिरीश शर्मा आ भरत शर्मा व्यासो खास किरदार निभावत नजर अइहे.

दक्षणा फिल्म्स के बैनर तले बनत एह फिल्म के निर्देशक अभिषेक चड्डा हउवे. शूटिंग का बाद निरहुआ आ पाखी के कहना रहे कि अमिताभ जी आ जया जी का साथे काम कइल ओह लोग के जिनिगी के एगो यादगार पल रही. अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन एह फिल्म में निरहुआ के बाप महतारी बनल बा लोग.

निरहुआ कहले कि एह फिल्म में आजु के राजनीतिक आ सामाजिक माहौल के देखावल गइल बा.


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

1 Comment

  1. SURAJ KUMAR

    sir
    hamahu bhojpuri film me kam kare ke cha tani agar humro ke break mil jai t aihsan rahi rahua ke
    hamar number ba 7870803429- 8969496925

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।