अमित शाह के छोड़ल रामबाण निशाना पर लागल

भाजपा महासचिव अमित शाह काल्हु अयोध्या में पार्टी का मीटिंग में गइल रहलें. अयोध्या गइलें त राममंदिर जाहीं के रहे. मंदिर से निकलत घरी पत्रकारन के सवाल का जवाब में कहलन कि हम भगवान से प्रार्थना कइनी कि जल्दिए एगो भव्य राममंदिर बने के माहौल बन जाव. बस अतना कहते देश के राजनीतिक गोल हुँआ हुँआ करे लागल बाड़े. पता ना कवनो हिंदू के ई चाहल कि अयोध्या में एगो भव्य राममंदिर बन जाव कवना आधार पर गलत कहल जा सकेला. बाकिर तुष्टिकरण के राजनीति करे वाला गोल तरह तरह के बयान देबे लागल बाड़ें. कांग्रेस त इहाँ ले कह दिहले बिया कि अमित शाह के यूपी से निकाला दे दिहल जाव आ उनुका के राज्य में आवे मत दिहल जाव. सपा, जदयू, भाकपा वगैरह गोलो के नेता लोग के एह बारे में वइसने बयान आइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।