अमित श्रीवास्तव ले अइहें ‘‘जीजा जी की जय हो’’

PankajKesri-RakhiTripathiनिर्माता अमित श्रीवास्तव अपना फिलिम ‘‘सजना साथ निभइहऽ’’ के सफलता क बाद अब निर्मल आर्ट इन्टरनेशनल के बैनर तले ले आवत बाड़ें ‘जीजा जी की जय हो’. एह समहर मनोरंजक पारिवारिक फिलिम के निर्देशक सुरज साह, संगीतकार जयंत आर्यन, गीतकार एस. कुमार, छायाकार नन्दु सी. चौधरी, नृत्य निर्देशक कानु मुखर्जी अउर केदार सुबा, आ फाईटमास्टर बुटा सिंह हउवें. निर्माता अमित श्रीवास्तव के पूरा विश्वास बा कि दर्शकन के ई फिलिम बहुते पसंद आई.

मुख्य कलाकार बाड़ें पंकज केसरी, लोक गायक छोटु छलिया, मनोज टाईगर, चन्द्रजीत यादव, चंदन गौतम, राखी त्रिपाठी, प्रिया सिंह, रिजवाना शेख, साबिर रिद्दीकी आ आईटम गर्ल सीमा सिंह के नाम बा.


(प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. SANTOSH KUMAR ''KOLHRAMPUR'' Babura ke niwasi hae

    पवन भाई राउर स्वर ना जाने कौन जादु कइलस कि हम राउर स्वर के दिवाना हई ! हम त एतने जानिले कि कोई केतनो गाई रउरा से निचे रहिए ! Sing is king is pawan singh !

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।